21.1 C
Ranchi
Saturday, February 8, 2025 | 12:54 pm
21.1 C
Ranchi

BREAKING NEWS

दिल्ली में 5 फरवरी को मतदान, 8 फरवरी को आएगा रिजल्ट, चुनाव आयोग ने कहा- प्रचार में भाषा का ख्याल रखें

Delhi Assembly Election 2025 Date : दिल्ली में मतदान की तारीखों का ऐलान चुनाव आयोग ने कर दिया है. यहां एक ही चरण में मतदान होंगे.

आसाराम बापू आएंगे जेल से बाहर, नहीं मिल पाएंगे भक्तों से, जानें सुप्रीम कोर्ट ने किस ग्राउंड पर दी जमानत

Asaram Bapu Gets Bail : स्वयंभू संत आसाराम बापू जेल से बाहर आएंगे. सुप्रीम कोर्ट ने उन्हें जमानत दी है.

Oscars 2025: बॉक्स ऑफिस पर फ्लॉप, लेकिन ऑस्कर में हिट हुई कंगुवा, इन 2 फिल्मों को भी नॉमिनेशन में मिली जगह

Oscar 2025: ऑस्कर में जाना हर फिल्म का सपना होता है. ऐसे में कंगुवा, आदुजीविथम और गर्ल्स विल बी गर्ल्स ने बड़ी उपलब्धि हासिल करते हुए ऑस्कर 2025 के नॉमिनेशन में अपनी जगह बना ली है.
Advertisement

Bhojpuri News: आइ न हमर बिहार में, खुलेआम मिल रहल बा हथियार, रउवा के भी देब ढाई लाख में…

Advertisement

Bhojpuri News समस्तीपुर में अवैध हथियार के खरीद-बिक्री शुरू हो गईल बा. खरीद बिक्री के एगो वीडियो सोशल मीडिया पर बड़ी तेजी से वायरल हो रहल बा. इ वीडियो समस्तीपुर में मोहिउद्दीननगर के दियारा इलाका के बतावल जात बा.

Audio Book

ऑडियो सुनें

Bhojpuri News बिहार के समस्तीपुर से एगो बड़का खबर सामने आइल बा.समस्तीपुर में अवैध हथियार के खरीद-बिक्री शुरू हो गईल बा. खरीद बिक्री के इ वीडियो सोशल मीडिया पर बड़ी तेजी से वायरल हो रहल बा. इ वीडियो मोहिउद्दीननगर के दियारा इलाका के बतावल जात बा.जेवन सूचना मिलत बा कि मस्कट राइफल (Musket Rifle )2.5 लाख अउरी देशी राइफल (Rifle) एक लाख दस हजार रुपया में मिलत बा. इ वीडियो के वायरल होखला के बाद स्थानीय थाना के पुलिस तीन लोग के खिलाफ मामला दर्ज कर के जांच करततिया. वायरल वीडियो में दिखत बा कि एगो आदमी मोबाइल के रौशनी में बातचीत करत बाड़ें. वीडियो दियारा इलाका के गंगा नदी के किनारे के बतावल जात बा.

- Advertisement -

हथियार बेचे वाला बतावत बा कि सरकारी मास्क में सात गोली लगातार एक के बाद एक फायरिंग कइल जा सकेला.एगो अउरी देशी राइफल के बारे में भी उ बतावत बा. उ कहत बा कि सरकारी मास्क के दाम ढाई लाख रुपिया अउरी देशी राइफल के दाम एक लाख दस हजार पर राखल गइल बा. रउवा बता दी कि अवैध हथियार के कारोबार अउरी राइफल लहरावे के वीडियो जे बा विशनपुर बेदी गांव के बा. पुलिस महल मामला के जांच करे विशनपुर बेदी टोला के मटियोर पहुंच गइल. त महल चौकीदार सियालाल पासवान अउरी गांव के लोग साफ क देले कि अवैध हथियार के कारोबार अउरी राइफल लहरावे में शामिल आदमी त्रिवेणी सिंह के बेटा सूरज कुमार,दिनेश राय के बेटा श्रवण कुमार अउरी उ खुद रहले.

पवित्र राय के बेटा विजय कुमार भी वीडियो में दिखत बाड़े. पुलिस के अधिकारी बतइलन कि इ सब लोग दियारा इलाका में अवैध हथियार के कारोबार में लागल बाड़े.ए संबंध में थाना प्रमुख कहले कि इ सब सूचना पुलिस के सभी वरिष्ठ अधिकारी के दे देवल गईल बा और अपराधी के गिरफ्तारी खातीर छापेमारी शुरु हो गई बा.

https://www.youtube.com/watch?v=y8S83h7DcFs

ट्रेंडिंग टॉपिक्स

Advertisement
Advertisement
Advertisement

Word Of The Day

Sample word
Sample pronunciation
Sample definition
ऐप पर पढें